Thursday, April 18, 2024
HomeLITERATURE & POEMSbhojpuri poem and folk songई प्यार जिन्दगी के :अर्चना पाठक द्वारा रचित एक भोजपुरी...

ई प्यार जिन्दगी के :अर्चना पाठक द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

Published on

    ई प्यार जिन्दगी के

a bhojpuri folk song

ई प्यार जिन्दगी के
कतना मधुर भला बा
मनुहार जिन्दगी के
सौरभ भरल दिशा बा
ई चाँदनी निशा बा
उमगल उमंग से बा
ई धार जिन्दगी के
ई जिन्दगी समर्पण
कतना पवित्र बंधन
सबसे मिलीं सदा ही
आधार जिन्दगी के
सुन्दर सुखद डगर बा
ई प्यार के नगर बा
उमड़ल जहाँ चलत बा
मधु-ज्वार जिन्दगी के
जीवन अगर गरल बा
साथे पियल सरल बा
हँस-हँस के झेल लीं जा
मझधार जिन्दगी के
ई धार जिन्दगी के

रचना : अर्चना पाठक

Facebook Comments

Latest articles

ओढ़नी डैम: बाँका जिले का प्रसिद्ध पिकनिक स्थल

बिहार के बाँका जिले में स्थित ओढ़नी डैम, प्राकृतिक सौंदर्य और जल क्रीड़ा के...

बिहार :समृद्ध विरासत, ज्ञान और धार्मिक उद्गम की भूमि

बिहार की विरासत , नवाचार और लचीलेपन के धागों से बुनी गई एक टेपेस्ट्री...

More like this

भुइँया सरग बनि जाई :अविनाश चन्द्र विद्यार्थी द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

भुइँया सरग बनि जाई आई, उहो दिन आई, अन्हरिया राति पराईलीही अकासे छाई,...

देस हमार : अनिरूद्ध द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

देस हमार पहिल जोति फूटे पूरुब से, भइल जगत उजियारबजे भैरवी किरन बेनु...