Home LITERATURE & POEMS bhojpuri poem and folk song ई प्यार जिन्दगी के :अर्चना पाठक द्वारा रचित एक भोजपुरी...

ई प्यार जिन्दगी के :अर्चना पाठक द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

854
ई प्यार जिन्दगी के | :अर्चना पाठक द्वारा रचित एक भोजपुरी रचना

    ई प्यार जिन्दगी के

a bhojpuri folk song

ई प्यार जिन्दगी के
कतना मधुर भला बा
मनुहार जिन्दगी के
सौरभ भरल दिशा बा
ई चाँदनी निशा बा
उमगल उमंग से बा
ई धार जिन्दगी के
ई जिन्दगी समर्पण
कतना पवित्र बंधन
सबसे मिलीं सदा ही
आधार जिन्दगी के
सुन्दर सुखद डगर बा
ई प्यार के नगर बा
उमड़ल जहाँ चलत बा
मधु-ज्वार जिन्दगी के
जीवन अगर गरल बा
साथे पियल सरल बा
हँस-हँस के झेल लीं जा
मझधार जिन्दगी के
ई धार जिन्दगी के

रचना : अर्चना पाठक

Facebook Comments